• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

सिम्रौनगढ में छाड़ा कुकुर के आतंक: खोर तोड़ के ८ गो खसी-बकरा मारल, किसान मर्का में

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख ७ गते
A A
सिम्रौनगढ में छाड़ा कुकुर के आतंक: खोर तोड़ के ८ गो खसी-बकरा मारल, किसान मर्का में

सिम्रौनगढ़ (बारा) । बारा के सिम्रौनगढ़ नगरपालिका–६, छोटकी इटवाल में छाड़ा कुकुर के हमला से एगो स्थानीय किसान के गोठ पूरा खाली हो गइल बा। एतवार रात में खोर तोड़ के भीतर घुसल छाड़ा कुकुर के झुंड स्थानीय किसान नाजिर हुसैन “भोटू” अंसारी के ८ गो खसी-बकरा के मार दिहलस, जेसे इलाका में डर के माहौल बन गइल बा।
पीड़ित किसान अंसारी के कहनाम बा कि रात के समय खोर में घुसल कुकुर सभ २५ से ३० किलो वजन वाला २ गो खसी, २ गो बकरी आ ४ गो छोट पाठा-पाठी मिलाके कुल ८ गो जानवर मार दिहलस। एह घटना से करीब एक लाख रुपिया के नुकसान भइल बा। सबेरे जब ऊ गोठ में गइलन त बकरा सभ के मरा हालत में देख के दंग रह गइलन।
सिम्रौनगढ़ इलाका में एहसे पहिले भी कई जगह छाड़ा कुकुर के हमला से पशुचौपाया मरल के घटना सामने आ चुकल बा। बार-बार अइसन घटना से स्थानीय लोग अब अपना पशुधन के सुरक्षा लेके बहुत चिंतित बा।
“पशुधन त खत्म हो गइल, अब त बाल-बच्चा के बाहर भेजे में भी डर लागता,” अंसारी कहलन। ऊ बतवलन कि टोल-टोल में झुंड के झुंड घूमत छाड़ा कुकुर किसान लोग के महीना भर के मेहनत एक रात में बरबाद कर देत बा, बाकिर जिम्मेवार निकाय ध्यान नइखे देत।
छाड़ा कुकुर के व्यवस्थापन के जिम्मा लेके भी नगरपालिका ठोस कदम नइखे उठावत, जेकरे चलते स्थानीय लोग परेशान बा। कई बेर ध्यान खींचल गइल, लेकिन असरदार काम ना भइल, एह बात से लोगन में नाराजगी बढ़ गइल बा।
स्थानीय बासिन्दा मांग करत बाड़े कि कुकुर के सही ढंग से नियंत्रण (जइसे बंध्याकरण आ व्यवस्थापन) कइल जाव आ बाल-बच्चा के सुरक्षा सुनिश्चित कइल जाव। छाड़ा कुकुर के बढ़त संख्या से सिम्रौनगढ़ के जनजीवन दिन-ब-दिन असुरक्षित होत जा रहल बा, आ समय पर कदम ना उठावल गइल त अइसन घटना अउरी बढ़ सकेला।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............