• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

इरान पर इजरायल-अमेरिका के बड़ा हमला, तेहरान में अफरा-तफरी

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन १६ गते
A A
इरान पर इजरायल-अमेरिका के बड़ा हमला, तेहरान में अफरा-तफरी

काठमांडू। इजरायल आ संयुक्त राज्य अमेरिका मिलके इरान पर बड़ हमला शुरू कइले बाड़ें। इजरायल इरान के राष्ट्रपति भवन आ गुप्तचर एजेंसी के मुख्यालय के निशाना बनवले बा।

रिपोर्ट के मुताबिक, इरान के कई महत्वपूर्ण सरकारी भवन पर हमला भइल बा। ई भी खबर बा कि इरान के सर्वोच्च नेता अली खामेनी अभी तेहरान में नइखन, उनकर सुरक्षित जगह पर शिफ्ट क दिहल गइल बा।

इजरायल इरान पर कई मिसाइल दगले बा। हमला के बाद राजधानी तेहरान के कई इलाका से धुआँ उठत देखल गइल बा । इजरायल एह सैन्य अभियान के नाम “शीलड ऑफ जुडा” रखले बा।

अमेरिका कहलस कि इरान में अबहियों उनकर हमला जारी बा। रिपोर्ट में ई भी बतावल गइल बा कि इरान के शहर कोम में भी हमला भइल बा।

एह बीच इजरायल अपना शहरन में हाई अलर्ट घोषित क दिहले बा। नागरिकन से घर में रहे के अपील कइल गइल बा। स्कूल बंद क दिहल गइल बा आ देश भर में सायरन बजावल जा रहल बा।

इरान पर हमला के बाद इराक के भी सतर्क क दिहल गइल बा आ ओकर हवाई क्षेत्र अस्थायी रूप से बंद क दिहल गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............