• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

बर्दिया नेशनल पार्क में सिकार करे गइल ६ युवक ९ दिन से लापता

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २ गते
A A
बर्दिया नेशनल पार्क में सिकार करे गइल ६ युवक ९ दिन से लापता

काठमांडू । बर्दिया नेशनल पार्क के अंदर अवैध सिकार करे खातिर घुसल सुर्खेत जिला के ६ जना युवक पिछला ९ दिन से रहस्यमय तरीका से लापता हो गइल बाड़ें।
जानकारी के मुताबिक फागुन २३ गते के ऊ लोग घर से निकुञ्ज (नेशनल पार्क) के ओर गइल रहलें। काफी दिन बीत जाए के बादो जब ऊ लोग घर ना लवटलें, त परिवार वाला लोग में चिंता बढ़ गइल। अंत में सोमार के परिजन लोग पुलिस के खबर देहले, तब जा के ई घटना सार्वजनिक भइल।
पुलिस के अनुसार लापता होखे वाला लोग में सुर्खेत के बराहताल गाउँपालिका–१ ज्यामिरे निवासी २५ साल के रेशम समसेली, ४१ साल के रविलाल दमाई, ३४ साल के रामबहादुर घर्ती, ३० साल के सुनिल समसेली आ ३३ साल के टोपबहादुर खत्री शामिल बाड़ें।
एहसे अलावा लेकवेशी नगरपालिका–८ गंगटे घर भइल आ अभी बर्दिया में रहत ४५ साल के दुर्गाबहादुर सिजाली भी ओही लोग के साथ संपर्क से बाहर हो गइल बाड़ें। प्रारंभिक जांच में पता चलल बा कि ऊ लोग आपन गांव से करीब १७ किलोमीटर दक्षिण तरफ पड़त निकुञ्ज के घना जंगल में सिकार खेले के मकसद से गइल रहलें।
लापता युवक में से टोपबहादुर खत्री के भेनाजु आसे महतरा सोमबार के पुलिस के आधिकारिक जानकारी देके खोजी में मदद करे के अपील कइले बाड़ें।
जिला प्रहरी कार्यालय सुर्खेत के अनुसार लापता युवक लोग के खोज तेज कर दिहल गइल बा। निकुञ्ज के कठिन भूगोल आ जंगली जनावर के खतरा के कारण अब तक ऊ लोग के बारे में कोई पक्का जानकारी ना मिल पावल बा।
पुलिस बतवलस कि निकुञ्ज प्रशासन आ सुरक्षा में लागल निकायन के साथ समन्वय करके जंगल इलाका में निगरानी आ खोजी अभियान जारी रखल गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............